Last updated on May 14th, 2024 at 06:28 pm
छठ घाटे चली लिरिक्स हिंदी में
बोली बोली छठी मईया की !
जय !!
ऐ जी !
का ?
हर बार तs हमनी के छठ गा बजा के ऐ तरीका से करबे करेनी जा
हs !
तs कहे ना अबकी बारी कुछ नया तरीका से गा के छठ मनावल जाव
पूजो के नया तरीका होला का ?
हs जी !
कुछ गाई ना !!
हs तs पहिले तुही शुरू करs !
हs तs सुनी !!
पेन्हि ना बलम जी पियरिया
चली छपरा के घाट
चली छपरा के घाट !
कांच ही बास के बहँगिया
बहँगी लेके चलब घाट
बहँगी लेके चलब घाट !
का जी ?
पुरनके नियन गावे लगनी !
तनी DJ में गाई !
DJ में !!
कईसे ?
तुही शुरू करs !
हईसे !!
पेन्हि ना बलम जी पियरिया
ऐ जी ! पेन्हि ना बलम जी पियरिया
चली छपरा के घाट
चली छपरा के घाट !
कांच ही बास के बहँगिया
बहँगी लेके चलब घाट
बहँगी लेके चलब घाट !
ऐ अम्मा जी !
तनी रउरो नाची !!
बाट जे पूछेला बटोहिया
बाट जे पूछेला बटोहिया
ई दल केकरा के जाये
ई दल केकरा के जाये !
तू तs आन्हर हउवे रे बटोहिया
तू तs आन्हर होईबे रे बटोहिया
ई दल छठी माई के जाये
ई दल छठी माई के जाये !
कांच ही बास के बहँगिया
तs बहँगी लचकत जाये
बहँगी लचकत जाये !
बहँगी लचकत जाये !
करी ना सासु अम्मा जी तईयरीया
अरघ के बेरा बीतल जाये
अरघ के बेरा बीतल जाये !
पेन्हि ना ऋषभ के पापा पियरिया
दउरा घाटे पहुचाये
दउरा घाटे पहुचाये !
मम्मी हमू चली छठी घाटे पड़ाका छोड़े ?
अरे तू का करे जईबs ?
पड़ाका फोर के हमार साड़ी जरईबs ?
मारब एक थाप !
छठी घाटे करबे डरामा
ओहिजा हो जाई बवाल
ओहिजा हो जाई बवाल !
जा रहे है पापा से बोलने
मम्मी मारने की धमकी दे रही है
पापा ..!
साफ आतंकवादिये हउ का ?
काहे लईकवा के डेरववले बाड़ू आई ?
अरे ना जी !
बबुआ पर चटकन जन चलईह
दिहल हs छठी माई के लाल
दिहल हs छठी माई के लाल !
अच्छा ठीक बा ना मारब !
ई तs हमरो पता बा जी !!
कृपा बनईह छठी मईया
खुश रहो नईहर ससुराल
खुश रहो अंगना दुवार
खेसारी पs बनवले रइह प्यार
हे छठी मईया !
तनी कश्यपो जी पs ध्यान देत रईह !!
विवाद से बचईह !!